समुझि के पियवा के मजबूरी, अंखियां लोरे लोर भइल

समुझि के पियवा के मजबूरी, अंखियां लोरे लोर भइल

मनवां थोर भइल

मटर चना गदराइल रहे
गेहूँ दूधा आइल रहे
खूब फसलिया आइल असो
हियरा भी हुलसाइल रहे
बिन मौसम के आंधी पानी
आके सपना तोरि गइल
देखिके मनवां थोर भइल।

कइसे करज चुकावल जाई
कइसे बिटिया लगन धराई
हथफेरो कुछ लोगन के बा
कस बचवन के होई पढ़ाई, 
अउरी केवनो आमद नइखे
कइसे इजत बचावल जाई
सबसे बड़ बतिया त ई बा
पूरा साल का खाइल जाई? 
निनियां ना अइली अंखियन में
सोचत- सोचत भोर भइल
देखिके मनवां थोर भइल।

यह भी पढ़े बलिया में अपहरण कर नाबालिग से दुष्कर्म, युवक गिरफ्तार

कहे लोगवा जुग बदलल बा
घुरहू चोखा रोटी खइलें
दुनिया चांद चहुंपली, घुरहू
ओइजे के ओइजे रहि गइलें, 
सइकिल ठर-ठर बाजत लेके
दूध बदे दुधिया जी अइलें
गइया नादी ना बंधब का?
ए घुरहू! तोहरा का भइले?
हड़बड़- हड़बड़ उठलें घुरहू
केतना आजु अबेर भइल ! 
देखिके मनवां थोर भइल

यह भी पढ़े Ballia News : पत्रकार देवेन्द्र तिवारी को मातृशोक

बहुत जरूरी काम पड़ल बा
सुबहे- सुबहे हरखू अइलें
ए घुरहू! अब पइसा देइद, 
दिहले केतना दिन होइ गइलें
घुरहू मन में सोचत रहलें
परगट में कुछ कहि ना पइलें
बल्टी लेके आवत रहली
घुरहू मलकिन सब सुनि गइली

समुझि के पियवा के मजबूरी
अंखियां लोरे लोर भइल
देखिके मनवां थोर भइल।

Vindhyachal Singh

विंध्याचल सिंह
बुढ़ऊं, बलिया, उत्तर प्रदेश

Post Comments

Comments

Latest News

Ballia News : आग से जली पिकअप और दो गुमटी Ballia News : आग से जली पिकअप और दो गुमटी
बलिया : बांसडीहरोड थाना क्षेत्र अंतर्गत शंकरपुर चट्टी पर स्थित दो गुमटी और एक पिकअप रविवार की रात संदिग्ध परिस्थितियों...
Ballia News : रेलवे ट्रैक पर मिला युवक का शव
Ballia News : बात-बात में बिगड़ी बात, चार महिलाओं समेत नौ घायल
Ballia में कुश्ती नेशनल का डिप्टी सीएम ने किया उद्घाटन, मेजबान उत्तर प्रदेश का स्वर्णिम आगाज
राज्य कर्मचारी संयुक्त परिषद बलिया के जिलाध्यक्ष वेद प्रकाश पांडेय को मातृशोक
बलिया में प्रधानाध्यापिका के खिलाफ शिक्षिका, प्रधान और अभिभावकों ने लिखा पत्र
डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक आज बलिया में, रहेगा रूट डायवर्जन