समुझि के पियवा के मजबूरी, अंखियां लोरे लोर भइल

समुझि के पियवा के मजबूरी, अंखियां लोरे लोर भइल

मनवां थोर भइल

मटर चना गदराइल रहे
गेहूँ दूधा आइल रहे
खूब फसलिया आइल असो
हियरा भी हुलसाइल रहे
बिन मौसम के आंधी पानी
आके सपना तोरि गइल
देखिके मनवां थोर भइल।

कइसे करज चुकावल जाई
कइसे बिटिया लगन धराई
हथफेरो कुछ लोगन के बा
कस बचवन के होई पढ़ाई, 
अउरी केवनो आमद नइखे
कइसे इजत बचावल जाई
सबसे बड़ बतिया त ई बा
पूरा साल का खाइल जाई? 
निनियां ना अइली अंखियन में
सोचत- सोचत भोर भइल
देखिके मनवां थोर भइल।

कहे लोगवा जुग बदलल बा
घुरहू चोखा रोटी खइलें
दुनिया चांद चहुंपली, घुरहू
ओइजे के ओइजे रहि गइलें, 
सइकिल ठर-ठर बाजत लेके
दूध बदे दुधिया जी अइलें
गइया नादी ना बंधब का?
ए घुरहू! तोहरा का भइले?
हड़बड़- हड़बड़ उठलें घुरहू
केतना आजु अबेर भइल ! 
देखिके मनवां थोर भइल

बहुत जरूरी काम पड़ल बा
सुबहे- सुबहे हरखू अइलें
ए घुरहू! अब पइसा देइद, 
दिहले केतना दिन होइ गइलें
घुरहू मन में सोचत रहलें
परगट में कुछ कहि ना पइलें
बल्टी लेके आवत रहली
घुरहू मलकिन सब सुनि गइली

समुझि के पियवा के मजबूरी
अंखियां लोरे लोर भइल
देखिके मनवां थोर भइल।

Vindhyachal Singh

विंध्याचल सिंह
बुढ़ऊं, बलिया, उत्तर प्रदेश

Post Comments

Comments

Latest News

बलिया : रेलवे स्टेशन के बाहर मिला वृद्घ का शव बलिया : रेलवे स्टेशन के बाहर मिला वृद्घ का शव
बलिया : मऊ-बलिया रूट पर स्थित रसड़ा रेलवे स्टेशन के बाहर सोमवार की सुबह संदिग्ध परिस्थितियों में एक वृद्ध का...
बलिया : निमंत्रण से लौट रहे युवक की सड़क हादसे में मौत
बलिया में ट्यूशन पढ़ने के लिए निकली छात्रा गायब, एक्शन मोड में पुलिस
Ballia News : ससुरालियों की पिटाई से घायल विवाहिता की मौत, पति समेत तीन गिरफ्तार
बलिया में आग का कहर : घर-गृहस्थी का सामान राख, जिन्दा जली बालिका
बलिया में एक और प्रधान का पॉवर सीज, कार्रवाई से मचा हड़कम्प
बलिया निवासी बीटेक छात्र की हत्या में बेटी संग पूर्व बीएसएफ जवान गिरफ्तार