बलिया की बेटी नेहा ने शब्दों में पिरोया बेरोजगारों का दर्द, 'देख के नेताजी के माजा, पढलका...'
On



कुल बेकार बा
आ देख के नेता जी के माजा पढलका लागे लागल साजा...
आवते चुनाव किसीम किसीम के वादा क के ललचावतारें,
खाता में पनरह लाख रुपिया आ घरे घरे रोजगार भेजवावतारें,
हो गइल चुनाव ल घण्टा रोजगार मांगे रोड प आ जा,
आ देख के नेता जी के माजा पढला लागे लागल साजा...
बान्ही के तरह-तरह के जुमला जहुआ दिहलें ,
रोजगार के आस में टुनुआ के उजरको बारवा झरवा दिहलें,
हो गइल उनका कुकुरो के 'बडे' फ़ाइव स्टार में तु बियाह के आस में तवां जा,
आ देख के नेता जी के माजा पढलका लागे लागल साजा...
एकहु भर्ती सहुर से ना पूरा भइल,
आइल कोरोना उनका अउरि माजा भइल,
कुछु होखे धरना प जन जइहअ ना त ल हइ पहिले मास्क खाती थुरा जा,
आ देख के नेता जी के माजा पढलका लागे लागल साजा...
उनका बिना पढले चानी बा पढ के तोहार दिन जाउ भले मोरी में,
बेरोजगारन के रोजगार आ गरीबन के पइसा खा गइलें चोरी में,
उनकर का लेले बाड़अ लाज धोआइल बा हेने ना लही त गते से हे पार्टी से होने डगरा जा,
आ देख के नेता जी के माजा पढलका लागे लागल साजा...
सरकारी नौकरी चाहीं त बबुआ पहिले एल.एल.बी. करिहअ,
आरे! परीक्षवा में झोल होइ त आपन केसिया अपने लड़ीहअ,
तले आही दादा! कुल नौकरीया संविदा प आ गइल सुन के भकुआ जा,
आ देख के नेता जी के माजा पढलका लागे लागल साजा...
का ए बाबा! नौकरी त नौकरी फ़रमवो भरे खाती तरसा दिहलअ,
नया नौकरी का देबअ तु त केतनन के पुरनको छोरवा लिहलअ,
अब गरीबन के आवास आ 'शौचालय' बाचल बा ना होखे त उहो खा जा,
आ देख के नेता जी के माजा पढलका लागे लागल साजा...
नेहा यादव
गांधीनगर, करम्मर-बलिया
Tags: Ballia News

Related Posts
Post Comments
Latest News
13 Jul 2025 06:49:47
मेषआज का दिन आपके लिए सकारात्मक रहेगा। सामाजिक गतिविधियों में आप सक्रिय रहेंगे और नए संपर्क बनेंगे, जो भविष्य में...
Comments