To Learn Online Click here Your Diksha Education Channel...


ads booking by purvanchal24@gmail.com

मान गइलस गोरी हुकूमत भी, तीखा तेवर ह स्वाभिमानी बलिया

बलिया स्थापना दिवस पर विशेष


बात सिगरो ई जहान जानेला, 
राजा बलि के ह राजधानी बलिया।

मान गइलस गोरी हुकूमत भी, 
तीखा तेवर ह स्वाभिमानी बलिया।

माटी एहिजा के सबसे पावन ह, 
बाबा भृगु के अमर कहानी बलिया।




सबसे पहिले ही जे आजाद भइल, 
देईके वीरवन के कुरबानी बलिया।

प्रेम से बात कर, तोहके मान मिली, 
होई जो बात उल्टा त हवे बागी बलिया।

हवा आ पानी में शौर्य के खुशबू, 
वीरन की खान वीरता की रवानी बलिया।

विंध्याचल सिंह, शिक्षक
बलिया, उत्तर प्रदेश

Post a Comment

0 Comments